शक्तिहीन शरद यादव के अब रिटायर हो जाए के चाही

nitish

जदूय के बागी नेता शरद यादव प पार्टी के प्रवक्ता अजय आलोक जुबानी हमला बोलले। अजय आलोक ट्वीट क कहले कि शरद जी थाक गइल बाड़े अवुरी अब उनुका  रिटायर होखे के समय आ गइल बा। उ लिखले कि एतना त समझ होखे के चाही कि लोकतंत्र में विरासत जनता देले, परिवार ना देवेला ।

अजय आलोक कहले कि साझी विरासत एगो अइसन कार्यक्रम ह जवना के शरद यादव 30 साल पहिले साल 1987 में कांग्रेस के खिलाफ चलवले रहले। आज ओ विरासत के मुख्य किरदार बदल गइल। अवुरी अब उ ‘वार रे विरासत’ हो गइल।

जदयू के एगो अवुरी प्रवक्ता नीरज कुमार, शरद यादव प हमला बोलत कहले कि, शरद यादव का शक्ति प्रदर्शन करिहे , उनुका संगे त उनुका क्षेत्र के प्रखंड अध्यक्ष तक नइखन। उ कहले कि, बिहार में कवनों कार्यक्रम करे के होई त शक्तिहीन शरद यादव के लालू प्रसाद यादव के कृपा के जरुरत होई, इ हमनी खाती चिंता के बात बा।

कांग्रेस प हमला बोलत नीरज कहले कि जदयू के गुलाम नबी आजाद से सर्टिफिकेट लेवे के जरुरत नइखे। गुलाम नबी आजाद कांग्रेस के चिंता करस। कांग्रेस पहिले केतना बेर बंटी अवुरी आगे केतना टुकडा होई उ एकर चिंता करस।

Related posts

Leave a Comment